Category: समाचार

डीसीपी के हत्या का बाद दू जने के नौकरी दिहला पर कोर्ट सवाल पूछलसि

इलाहाबाद हाई कोर्ट एगो याचिका के सुनवाई करत राज्य सरकार से तीन हफ्ता का भीतर जबाब देबे के कहलसि कि डी॓एसपी के हत्या का बाद दू गो आश्रित के कवना आधार पर नौकरी दिहल गइल? जबकि अबहीं ले एकही आश्रित के नौकरी देबे के व्यवस्था बा....

Read More

बलिया में एक लाख के लूट

बलिया जिला के दुबहड़ इलाका के अखार गाँव का लगे काल्हु कुछ बदमाश एगो सर्राफा व्यवसायी से एक लाख रुपिया के गहना आ नकदी लूट लिहले. व्यवसायी शहर के कृष्णानगर के विजय वर्मा रहले जिनर रामगढ़ में सर्राफा के दुकान...

Read More

राँची में विधायकन किहाँ सीबीआई के छापा

राज्यसभा चुनाव में हार्स ट्रेडिंग का मामिला में काल्हु सीबीआई राँची में राजद, झामुमो आ कांग्रेसी विधायकन किहाँ छापा मरलसि. एह मामिला में छब्बीस गो विधायकन पर सन्देह करत बिया सीबीआई. ओकरा पइसा लेन देन के सुबूत खोजे क...

Read More

बैंक के कैशवान लूट के मामिला अबहीं ले ना सझूराइल

पंजाब नेशनल बैंक के कैशवान से सवा करोड़ रुपिया लूट के मामिला पुलिस अबहीं ले नइखे सझूरा पवले. एक त कैशवान में रुपिया से भरल ब्रीफकेस अइसहीं राखल रहुवे. दोसर वान का बारे में कवनो आदमी पल पल के जानकारी लेत देत रहुवे. तिसर एगो बोलेरो...

Read More

ट्रक का धक्का से एगो नवही के मौत

बलिया जिला के फेफना इलाका के कनैला गाँव के अठारह बरीस के एगो लड़िका गड़वार पानी टंकी का लगे साइकिल से जात रहुवे कि एगो ट्रक ओकरा के कचारत भाग निकलल. कचराइल गोलू वर्मा के मौत ओहिजे हो गइल. ट्रक ड्राइवर ट्रक समेत भाग निकलल. एगो दोसर...

Read More

Recent Posts