Liquor Mafia arrested

Bhagwat Singh, the main accused of Kapsethi liquor case in which 10 persons had lost their lives has been arrested after five months. A reward of Rs.10000/- was offered for his arrest.

पाँच महीना से पुलिस के छकावत भागवत सिंह आखिरकार पुलिस का चंगुल में आइये गइल. ओकरा पर कपसेठी जहरीली शराब काण्ड के आरोप बा जवना में दस जने के मौत हो गइल रहे. एह घटना में बनारस आ भदोही जिला में काण्ड भइल रहे आ दू जिला के मामिला होखे का नाम पर भागवत सिंह अपना राजनितिक रसूख के भरपूर इस्तेमाल कर के मामिला के ठण्ढा बस्ता में धरवावे का कोशिश में रहुवे. जबकि ओकरा गिरफ्तारी खातिर दस हजार के इनामो घोषित कइले रहे पुलिस प्रशासन.

0 Comments