अंजना सिंह के लाल दुपट्टा वाली के शूटिंग शुरू
-

सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक कहाए वाली अंजना सिंह के फिल्म “लाल दुपट्टा वाली” के शूटिंग शुरू हो गइल बा. निर्देशक शैलेश पांडे के एह फिलिम में अंजना के जोड़ी नवोदित अभिनेता रोहित सिंह संगे लगावल गइल बा,. रोहित सिंह एह फिलिम से आपन शुरूआत कइले बाड़न.

एह फिलिम में अंजना के भूमिका एगो बड़का घर के लड़िकी के बा जेकरा रोहित सिंह से प्यार हो जाता आ फेर शुरू होता ओह प्यार के पावे के जद्दोजहद. हाल ही “लहू के दो रंग” के शूटिंग कर के लवटल अंजना सिहं के हालिया रिलीज़ फिलिम “देवरा पे मनवा डोले” अउर “दिल ले गइल ओढनिया वाली” के दर्शक खुबे पसंद कइले बाड़न आ एही महीना उनुकर एगो अउर फिलिम “एक बिहारी सौ पे भारी” बॉक्स ऑफिस पर दस्तक देबे वाली बा. एह फिलिम में अजना सिंह बिहारी निरहुआ के बंगालन प्रेमिका बनल बाड़ी. अंजना सिंह के आवे वाली फिलिमन में निरहुआ संगे “वर्दी वाला गुंडा”, पवन सिंह संगे “लावारिस”, खेसारी लाल संगे “लहू के दो रंग”, विराज भट्ट संगे “मर्द तांगेवाला” वगैरह के नाम शामिल बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts