अब ‘जगीरा’ बनीहें हैदर काज़मी
-

‘रंगबाज’ के ज़रिये भोजपुरी सिनेमा में आपन रंगबाजी देखा चुकल अभिनेता हैदर काज़मी अब ‘जगीरा’ बने जात बाड़न. अजय अग्रवाला का निर्दैशन में बने जात निर्माता दिलीप अग्रवाल के फिल्म ‘जगीरा’ के मुहूर्त पिछला दिने मुंबई में बड़हन पैमाना पर कइल गइल. ‘जगीरा’ के किरदार में मुहूर्त शॉट देबे आइल हैदर काज़मी के ओहिजा मौजूद सैकड़ो लोग ताली बजा के स्वागत कइल.

रउरा सभ के जगीरा के नाम सुनते हिन्दी फिल्म ‘चायना गेट’ के जगीरा डाकू इयाद आ गइल होखी. बाकिर भोजपुरी वाला ई ‘जगीरा’ अलगे तरह के फिलिम होखे जात बा. एहमें देखावल जाई कि कइसे एगो टूअर लड़िका बड़ हो के गुन्डा बनि जात बा बाकिर लड़त बा जुर्म का खिलाफ आ गरीबन के मसीहा बन जात बा.

एह फिल्म में सात गो गाना बा जवना के उदित नारायण आ पामेला जैन के आवाज में रिकार्ड करावल जा रहल बा. हैदर काजमी कहलन कि निर्देशक अजय अग्रवाल से ‘जगीरा’ के कहानी सुन के उनुका लागल कि आजु का जमाना में ‘जगीरा’ जइसन किरदार निभावल उनुका ला बहुते मुश्किल काम होखी बाकिर बाद में बहुते सोच विचार का बाद एह भूमिका के एगो चैलेंज का तरह सकार लिहले.

त चलीं इंतज़ार कइल जाव हैदर काज़मी के फिल्म ‘जगीरा’ के.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts