‘कब जागोगे’ के शूटिंग पूरा भइल
-

ब्लैक कोबरा फिल्म्स के प्रस्तुति आ पूनम प्रोडक्शन इंटरटेंमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘कब जागोगे’ के पूरा शूटिंग हालही में उ.प्र. के जौनपुर में करा लिहल गइल. फिल्म के निर्माता आर.के. निषाद आ निर्देशक अनिल लहरी हउवे. अनिल लहरी एहसे पहिले ‘पिया तोहरे बिना’ आ ‘पिया का घर’ के निर्देशन कर चुकल बाड़े.

‘कब जागोगे’ भठियरपन का खिलाफ लड़ाई लड़त एगो सामाजिक फिल्म हवे, जवना में एगो बरोबरी वाला समाज बनावे के सपना साकार करे के कोशिश कइल गइल बा, ई फिल्म बहुत हद ले अन्ना हजारे के भठियरपन विरोधी आन्दोलन के समानान्तर चलत बा, जे जागृति ले आवे के काम करत लउकी.

एह फिल्म के लेखक सागर अंजाना, गीतकार जिग्नेश भ्रमर, संगीतकार गणेश पाण्डे अउर घुंघरू, गवनिहार कल्पना, इंदू सोनाली, नितेश सिंह, अलका झा, सुषमा सोनी, शिवांगी श्रीवास्तव आ घुंघरू, कैमरामैन हीरा सरोज, सह-निर्माता हीरा लाल यादव अउर नरेन्द्र निषाद हउवे.

फिल्म के कलाकारन में सुजीत कपूर, रश्मि श्रीवास्तव, राकेश पाठक, रूबी सिंह, प्रियंका, जफ़र खान, अर्पणा पाठक, कृष्णा मिश्रा, अनीता यादव, आर.के. वियोग, अजय शानू वगैरह के नाम बा.


(समरजीत के भेजल रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts