‘गंगादेवी’ चौदह सितम्बर से रिलीज होखी
-

भोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ न. 1 अभिनेत्री पाखी हेगडे़ के जोड़ी भोजपुरी सिनेमा के अबले के सबले बड़हन फिलिम ‘गंगा देवी’ लेके आवत बाड़ें जवना के चौदह सितम्बर के रिलीज कइल जाई.


बिहार आ यू.पी. क बाद मुम्बईओ में चलल ‘हीरों’ के जादू

पिछला हफ्ता मुम्बई के 30 से बेसी सिनेमा घरन में ऐतिहासिक ओपनिंग का साथ रिलीज भइल फिलिम “हीरो” देखा दिहलसि कि प्रवेशलाल के जलवा सगरी मौजूद बा. एह फिल्म में प्रवेशलाल यादव आ शुभी शर्मा के रोमांटिक जोड़ी दर्शकन के बहुते पसंद आइल बा.


बिहार में ‘लावारिस’ के जलवा

पिछला हफ्ता बिहार के पचासन सिनेमा घर में रिलीज भइल फिलिम लावारिस के सगरो शानदार ओपनिंग मिलल बा. आरा, बक्सर, सासाराम, मोतिहारी, सीतामढ़ी, अरेराज, केसरिया, छपरा समेत दर्जन भर सेन्टर पर रिकॉर्ड व्यवसाय दर्ज भइल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts