छपरा मोतिहारी आ गोपालगंज से छिटपुट खबर
-

छपरा अंबेदकर छात्रावास से छह गो नक्सली गिरफ्तार
छपरा के भगवान बाजार थाना इलाका में अंबेदकर छात्रावास पर छापामारी कर के ओहिजा से नक्सली एरिया कमाण्डर अमरलाल देव समेत चार गो नक्सलियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. छापामारी में साढ़े सात लाख रुपिया, नक्सली साहित्य आ दोसर सामान बरामद भइल बा. गिरफ्तार नक्सली कई गो मामिला के अभियुक्त हउवें सँ. ओने मोतिहारी में लेवी ना दिहला पर नक्सली एगो ईंट भट्ठा पर हमला कर के ओकर दू गो ट्रैक्टर फूंक दिहले बाड़न सँ.

जननी बाल सुरक्षा योजना के भुगतान में गड़बड़ी
मोतिहारी हजिला में छह हजार लाभार्थियन के जननी बाल सुरक्षा योजना वाला भुगतान नइखे दिहल गइल. अस्पताल के काम के निरीक्षण का दौरान जिलाधिकारी ई गड़बड़ी पकड़ले बाड़न. निरीक्षण का बाद जिलाधिकारी अस्पताल के अधिकारियन के निर्देश दिहले कि सगरी जन सुविधा सही तरीका से उपलब्ध करावल जाय.

गोपालगंज में शिविर अदालत
गोपालगंज के सिधवलिया प्रखण्ड मुख्यालय पर शिविर लगा के बियफे का दिने दाखिल खारिज के एक हजार दू सौ मामिला निपटावल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts