जब सेनापति अपना सिपहियनो के याद राखे
-

greetingsfromNarendraModi
ई कवनो अजूबा नइखे कि नरेन्द्र मोदी का तरफ से अँजोरियो के होली प शुभकामना आइल. अइसनका पता ना कतना हजार शुभकामना अलग अलग लोग लगे भेजल गइल होखी. खास बस ई बा कि नरेन्द्र मोदी के संपर्क विभाग छोट छोट बातो पर धेयान देत बा आ अपना हर समर्थक के इज्जत.

नइखीं जानत कि अउरी कवनो नेता एह तरह के काम करत बा कि ना. बाकिर ना करत होखे त कम से कम एह मामिला में मोदी से कुछ सीखे. वइसे सीखे खातिर त बहुत कुछ मिली नरेन्द्र मोदी में. आ एही सब चलते आजु सगरी देश में मोदी के समर्थक सक्रिय बाड़े अपना खरचा प, आपन समय लगा के, अपना मन से मोदी के प्रचार करे में जतना लोग लागल बा ओतना पता ना दोसरा कवनो पार्टी का लगे बा कि ना.

पूरा जी जान लगा देबे क बा अबकी बेर. अबकी बार मोदी सरकार!

कोशिश रहे के चाहीं कि छूटभईयन के भाव मत बढ़े जे अपना निजी फायदा ला देशो के बेचे ला तइयार रहेलें.

मोदी के टीम के सप्रेम धन्यवाद!

– ओम

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts