ट्रेन से कटा के एहो नवही के मौत
-

सारण जिला में एकमा टीसन का लगे आजु एगो नवही के ट्रेन से कटला से मौत हो गइल.
रेल पुलिस से पता चलल कि छपरा सिवान रेल खंड पर एकमा टीसन का लगे रेल पटरी पार करत एगो नवही कटिहार से अमृतसर जात आम्रपाली एक्सप्रेस से कटा गइल आ ठाँवे पर ओकर मौत हो गइल. एह हादसा का बाद कुछ देर ले एह रेल खंड पर गाड़ियन के परिचालन बाधित भइल.
मरल नवही के नाम धनंजय बतावत जात बा जे एकमे के रहल, पुलिस लाश कब्जा में ले के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts