देश के सबले तेज चले वाली गतिमान एक्सप्रेस शुरू हो गइल
-

देश के पहिलका सेमी हाई स्पीड रेलगाड़ी गतिमान एक्सप्रेस आजु से शुरू हो गइल. रेल मंत्री सुरेश प्रभु आजु सबेरे रेल भवन से रिमोट का जरिये एकरा के हरियर झण्डी देखा के दिल्ली के हजरत निजामुद्दीन टीसन से रवाना करवलन.
एक घंटा में 160 किलोमीटर के जूरी पार करत ई ट्रेन आगरा चहुँपल. एह ट्रेन में दिल्ली से आगरा के भाड़ा चेयर कार में साढ़े सात सौ आ एक्जीक्यूटिव क्लास में डेढ़ हजार रुपिया राखल गइल बा आ केहु ला कवनो छूट के गुंजाइश नइखे.
शुक का दिने ताजमहल बन्ल रहेला एह चलते ओह दिन ई ट्रेन ना चली. बाकी छवो दिन एकरा के चलावल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts