नन्दू निकम्मा के म्युजिकल शुरुआत
-

पिछला महीना राकेश गुप्ता के प्रस्तुति, अनिता देवी, जी जी एम पिक्चर्स आ जी जे फिल्म्स इन्टरनेशनल के निर्माण नन्दू निकम्मा के संगीतमय शुरुआत गोरेगाँव का प्लेटिनम स्टूडियो में संगीतनिर्देशक सुजीत चौबे का निर्देशन में फिल्म के नायिका प्रतिभा पाण्डे के गावल गीत के रिकार्डिंग से शुभ मुहुर्त का साथे भइल.

फिल्म के लेखल ब्रजभूषण का मुताबिक समुद्र किनारे रहे वाला मछूआरन का जिनिगी पर बनल ई फिल्म कामेडी आ एक्शन से भरपूर होखी. फिल्म के कलाकारन में प्रतिभा पाण्डे, वीरेन्द्र कुमार, राकेश गुप्ता, ऋतिका, पिंकू श्रीवास्तव वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts