नयका साल में सभका के चँउकइहें सीमा सिंह
-

seema-bra
भोजपुरी फिलिमन के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह नयका साल में एगो धमाका करे के प्लानिंग में लागल बाड़ी बाकि ओकरा बारे में पहिले से कुछ बोले के तइयार नइखी. बस अतने कहत बाड़ी कि धमाका होखला पर पता चलिए जाई लोग के.

वइसे हम अतना बतावत चलीं कि भोजपुरी फिलिमन का साथ ही मराठी आ बंगलो फिलिमन में काम करेवाली ई डांसिंग डॉल अबले मराठी में सुपर हिट फिलिम ‘भोले शंकर’, ‘स्वप्न तुझा माझे’, ‘बाप मानुस’, ‘एका लग्नाची गोस्ट’, ‘कालशेकर आहेत का’ में अपना आयटम नम्बर के तड़का देखवले बाड़ी. आवेवाली मराठी फिलिमन में ‘स्वर्गा या विजा’, ‘दिध सयाने’, आ ‘यारपत गांव’ बाड़ी स.

सीमा सिंह पहिला आयटम डांसर हई जिनका के पिछला चार साल से लगातार उनुका बेहतरीन डांस परफारमेंस ला अवार्ड दिहल गइल बा.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts