नयको साल में चलेवाला बा मनोज तिवारी के सिक्का
-

gobar-singh-manojसिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के सिक्का नयका साल तेरहो में खूब चलेवाला बा. पिछला साल मनोज तिवारी कुल 140 गो स्टेज शो क५लन, अपना नया घर में प्रवेश कइलन, दूरदर्शन पर प्रसारित ‘क्लोजअप भारत की शान’ के शानदार आगाज कइलन आ महुआ टीवी पर उनकर शो ‘सुरों का महासंग्राम‘ दर्शकन के खूब पसंद आइल. पिछलके साल मनोज तिवारी के ई टीवी से ‘बिहारी हो तो ऐसा’ सम्मान मिलल आ खुशी क बात रहल कि ई सम्मान उनुकर महतारी लिहली.

अब एह नयका साल में मनोज तिवारी खुद के प्रोडक्शन हाउस खोलींहें आ कई गो अइसन काम करीहन जवना ला उनुका के लमहर समय ले याद राखल जाई. एही साल उनकर ‘गंगा जमुना सरस्वती’, ‘यादव पान भंडार’, ‘मिस्टर गोबर सिंह’ वगैरह फिलिम देखे के मिले वाला बा आ ‘धारा 144’, ‘परमवीर हमीद’, ‘परशुराम’ अउर ‘राजनैतिक योद्धा’ फिलिमो लाइन में बाड़ी स।

पिछलके साल मनोज तिवारी के भोजपुरी सितारन के क्रिकेट टीम ‘भोजपुरी दबंग’ के कप्तान बनावल गइल.


(ब्रेकिंग मैक्स मीडिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts