पटना में जमीन फ्लैट के दाम में उछाल
-

नीतीश के सरकार दुबारा बनला का बाद पटना आ बिहार के दोसरो बड़का शहरन में जमीन आ फ्लैट का दाम में बड़हन उछाल आइल बा जवना से निवेशक चिंतित बाड़े. सरकार सभका के निश्चिन्त रहे के कहले बिया कि एह तरफ ओकर पूरा ध्यान बा आ एहमें नाजायज कमाई के निवेश ना होखे दिहल जाई. बहुत पहिले एगो फिल्म के एगो मशहूर डायलाग रहुवे कि जमीन मकान या त उपर के कमाई से बनेला या नीचे के कमाई से. आजुवो हालात कवनो बहुत नइखे बदलल आ सरकार कतनो चाहे करिया कमाई वाला रियलिटी में निवेश करबे करीहें. तब ले सरकार आपन पीठ ठोंक सकेले कि बिहार के कानून व्यवस्था में सुधार का बाद बिहार से बाहर गइल पूंजी गँवे गँवे बिहार में लवटल शुरु हो गइल बा जवना चलते ई उछाल आइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts