पाकिस्तान के नयका मंत्रिमण्डल में कुरेशी के नाम नइखे
-

पाकिस्तान के विदेश मंत्री रहल शाह मुहम्मद कुरेशी के नाम ओहिजा के नयका मंत्रिमण्डल में नइखे जवन काल्हु शपथ लिहलसि. उनुका से विदेश मंत्रालय ले के दोसर मंत्रालय दिहल जात रहुव जवना से रिसिया के ऊ मंत्रीमण्डल में शामिले होखे से इन्कार कर दिहलन. कुरेशी हमेशा से भारत विरोधी रहल बाड़े. खास बाति ई बा कि जल्दिये भारत पाकिस्तान के बीच बातचीत शुरु होखे जा रहल बा. अइसनका में कुरेशी के विदेशमंत्रालय से हटावल खास महतव राखत बा. शायद पाकिस्तानो के लागे लागल बा कि भारत से हमेशा दुश्मनी ना बनवले राखल जा सके भा विदेशी दबावो का चलते हो सकेला. आजुकाल्हु वइसहू पाकिस्तान के अमेरिका से संबंध खराब चल रहल बा आ अमेरिका पाकिस्तान के राजनयिक संबंध टूटे का कगार पर चहुँप गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts