बिहार के खबर, मंगल 23 अगस्त का दिने
-
  • बिहार के किशनगंज जिला के बालिचुका रेलवे कॉसिंग पर मंगल का दिने एगो रेलगाड़ी एगो कार के टक्कर मार दिहलसि जवना से चार आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल बा.
  • बिहार में बाढ़ प्रभावित इलाकन के हालात दिन पर दिन खराब होत जा रहल बा. अबले बाढ़ से 36 लोग के मौत हो चुकल बा.
  • बिहार के भागलपुर के कहलगांव राष्ट्रीय ताप विद्युत निगम के बिजली संयंत्र खातिर रेलवे रैक से कोयला उतारत घरी कम से कम 25 गो मजदूर घवाहिल हो गइले जब रेल इंजन रैक में धक्का मार दिहलसि. दू आदमी के हालत चिंताजनक बा.
  • बिहार सरकार इंदिरा आवास योजना में बिचौलियन का खिलाफ अभियान शुरू कर दिहले बिया. पिछला दिने औरंगाबाद जिला में एगो बिचौलिया इंदिरा आवास के धन हड़प लिहलसि आ एहसे दुखी परिवार के पांच लोग कथित तौर पर आत्महत्या कर लिहल.
  • नीतीश कहलन कि बिहार में मजबूत लोकपाल बनावल जाई जेकरा दायरा में मुख्यमंत्रिओ रहीहे. एकरा खातिर अगिला सत्र में संशोधन विधेयक ले आवल जाई. कहलन कि प्रधानोमंत्री के लोकपाल का दायरा में राखे के चाहीं.
  • बिहार में बाढ़ के हालात पहिलही जइसन बा. गंगा नदी के उफनाइल जरुर कम भइल बा.
  • पूजा के भीड़ ध्यान में राखत पंद्रह सितम्बर से पच्चीस नवम्बर ले बरौनी आ आदर्शनगर दिल्ली का बीच रोजाना स्पेशल ट्रेन चलावल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts