बिहार के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्रो पर अब मरीजन के खाना दिहल जाई
-

बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कहले बाड़न कि जिला अस्पतालन का तरह अब हर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर भरती मरीजन के खाना दिहल जाई. एकरा खातिर अगिला बजट में २८ करोड़ रुपिया के इन्तजाम कइल गइल बा. अश्विनी कुमार चौबे पश्चिमी चंपारण जिला में खरीदल दवाईयन में आइल कालातीत दवाईयन के वापिस करे के कहले. सिविल सर्जन के कहना बा कि ई कालातीत दवाई खरीदल दवाईयन में ना आइल रहे बलुक केन्द्र सरकार से मिलल दवाईन में आइल बा. स्थानीय स्तर पर दवा खरीद में कवनो तरह के अनियमितता से ऊ साफ इन्कार कर दिहले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts