बीस मार्च से यूपी में सेना के भर्ती रैली
-

एह बीस मार्च से लखनऊ छावनी के 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान में सेना के भरती रैली शुरू होखे वाला बा. दौड़ में शामिल होखे खातिर मिले वाला टोकन भरती स्थल से अलगा जगहा दिहल जाई.

मध्य कमान के प्रवक्ता बतवले बाड़न कि सबेरे पांच बजे से दस बजे ले दौड़ में शामिल होखे वाला टोकन रेसकोर्स मैदान में दिहल जाई. ओहिजा से टोकन ले के उम्मीदवार रेसकोर्स के किनार धइले 11वीं गोरखा राइफल्स रेजीमेंटल सेंटर मैदान चहुँपीहें. रेसकोर्स जाये खातिर सुल्तानपुर का ओर जाये वाली बस से दिलकुशा चौराहा पर उतरीहें आ ओहिजा से बहादुर शाह मार्ग होखत रेसकोर्स मैदान चहुँपीहें. परिवहन निगम चारबाग आ आलमबाग ले आवे वाली रूट नंबर 66 आ 68 के बस छावनी ले चलाई.

सेना के अधिकारी चेतवले बाड़न कि केहू के कवनो हाल में आपन मूल दस्तावेज मत देसु. अगर कवनो सेना के जवान वर्दी में दस्तावेज जमा करावत होखे त ओकरा से पावती रसीद जरूर ले लेसु.

20 मार्च के होखे वाला सैनिक नर्सिग सहायक भरती खातिर खाली लखनऊ, अमेठी आ वाराणसी कार्यालय के अंतर्गत आवे वाला अभ्यर्थी शामिल होखीहें.

21 मार्च का दिने फतेहपुर आ महोबा जिलन के उम्मीदवार सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी, ट्रेड्समैन खातिर दौड़ में शामिल होखीहें. कानपुर देहात (रमा बाई नगर)के अभ्यर्थी सैनिक ट्रेड्समैन खातिर दउड़ीहें.
22 मार्च के बांदा, उन्नाव आ चित्रकूट के अभ्यर्थी सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी आ ट्रेड्समैन बहाली रैली में दउड़ीहें.
23 मार्च के लखनऊ जिला के उम्मीदवार सैनिक जीडी, टेक्नीकल, लिपिक, स्टोरकीपर तकनीकी, ट्रेड्समैन बहाली खातिर रैली में शामिल होखीहें.
24 मार्च के कानपुर देहात (रमाबाई नगर) जिला के उम्मीदवारन खातिर सैनिक जीडी, तकनीकी, लिपिक आ स्टोरकीपर तकनीकी के बहाली भरती रैली होखी. साथ ही लखनऊ भर्ती कार्यालय के अंतर्गत आवे वाला सगरी 13 जिला के के सिख (मजहबी व रामदासिया) आ भारतीय मूल के गोरखा रैली में शामिल हो सकीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts