भोजपुरी फिल्मोत्सव के तिसरका दिन
-

भोजपुरी फिल्मोत्सव के तिसरका दिने पटना में देवी कमाल कर दिहली. आइल त रहले मनोज तिवारी आ रविकिशन दुनु जने, बाकिर दर्शकन के दिल जीतली भोजपुरी के गायिका देवी. उनकर गीत “अगुरी में डँसले बिया नगिनिया रे, ए ननदी सईंया के बोला द” दर्शकन का साथ साथ मनोज तिवारी आ रविकिशनो के नचा दिहलसि.

मनोज तिवारी एह मौका पर क्रिकेट वर्ल्ड कप में अपना देश के टीम के उत्साह बढ़ावे वाला गीत सुनवले त रवि किशन “गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो” आ आपन पुरनका डायलाग सुनवले.

ए एन सिन्हा इंस्टीच्यूट में सेमिनार के विषय रहे भोजपुरी सिनेमा में अश्लीलता का चलते आ रहल पतन आ एकरा से निपटे के उपाय. सेमिनार में शारदा सिन्हाम मालिनी अवस्थी, रविकिशन, मनोज तिवारी वगैरह मीजूद रहले.

एहि दिने भोजपुरी सिनेमा के फेर से जियावे वाली फिल्म “ससुरा बड़ा पइसा वाला” देखावल गइल. देखे वालन में मनोज तिवारी खुद मौजूद रहले. फिल्म के दर्शक बहुते चाव से देखले.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts