"भोजपुरी समाज दिल्ली" के 56वां स्थापना दिवस
-


“भोजपुरी समाज दिल्ली” के 56वां स्थापना दिवस का बारे में ओकर अध्यक्ष अजीत दुबे जानकारी देत कहलें कि एह अधिवेशन में भोजपुरी के संविधान के 8वीं अनुसूची में शामिल करे, बिहार के विशेष राज्य के दर्जा देबे, पूर्वांचल क्षेत्र खातिर विशेष आर्थिक पैकेज के मांग करे आ भोजपुरी लोकगायकन के पद्म पुरस्कारन से सम्मानित करे जइसन मुद्दन पर चरचा करके एकर रोड मैप तैयार करा के सरकार के भेजल जाई. बिहार अउर झारखंड में भोजपुरी के दूसरकी राजभाषा के दर्जा देबे के मांगो राखल जाई.

समारोह के मुख्य अतिथि केंद्रीय पर्यटन मंत्री सुबोधकांत सहाय आ उद्घाटनकर्ता दिल्ली के मुख्यमंत्री शीला दीक्षित होखीहें. कार्यक्रम के अध्यक्षता भूतपूर्व राज्यपाल आ केंद्रीय मंत्री रहल डा॰ भीष्म नारायण सिंह करीहें. साथही भोजपुरी इलाका के सगरी माननीय सांसदो लोग खासमखास अतिथि का रूप में मौजूद होइहें. समारोह में कला, साहित्य, भाषा, समाज सेवा, पत्रकारिता, मनोरंजन, प्रबंधन वगैरह क्षेत्र में प्रशंसनीय आ अनुकरणीय योगदान देबे वाला हस्तियन के “भोजपुरी गौरव सम्‍मान” से सम्मानित कइल जाई. समारोह में मॉरिशस से पूर्व मंत्री जगदीश गोवर्धन का अगुवाई में विशेष रूप से आमंत्रित करीब 100 लोग के प्रतिनिधिमंडलो एह समारोह में शामिल होखी. साथही दिल्ली आ एन सी आर के केंद्र आ राज्य सरकार के कार्यालयन भा दोसरा सरकारी आ गैर सरकारी संगठनन में काम करे वाला भोजपुरिया बु़द्धिजीवियन समेत आई टी अउर मैनेजमेंट प्रोफेसनल्स, जेएनयू, दिल्ली विश्वविद्यालय, जामिया विश्वविद्यालय आ मैनेजमेंट अउर इंजीनियरिंग कालेजन के भोजपुरिया छात्र बडहन संख्या में एह समारोह में शिरकत करीहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts