मनोज भावुक अउर श्वेता तिवारी के बेस्ट टीवी एंकर अवार्ड
-

मनोज भावुक के बेस्ट टीवी एंकर अवार्ड (मेल) अउर श्वेता तिवारी के बेस्ट टीवी एंकर अवार्ड (फीमेल) से सम्मानित कइल गइल . इ सम्मान एह लोग के पूर्वांचल एकता मंच द्वारा दिल्ली में आयोजित ६ठवां विश्व भोजपुरी सम्मेलन में दिहल गइल . एह अवसर पर हिन्दी आ भोजपुरी सिनेमा जगत के कई गो बड हस्ती सुनील सेट्टी, कुणाल सिंह, राजकुमार आर पाण्डेय, असलम शेख, कानू मुखर्जी, रानी चटर्जी, रिंकू घोष, संगीता तिवारी, स्मृति सिन्हा, सीमा सिंह, प्रिया शर्मा, सुजीत पुरी, अजय दीक्षित, सुदीप पाण्डेय, चिंटू पाण्डेय अउर संगीत जगत से उदित नारायण, भरत शर्मा व्यास, मालिनी अवस्थी, देवी, इन्दू सोनाली आ अजीत आनंद आदि मौजूद रहलें .

एह दो दिवसीय विश्व भोजपुरी सम्मेलन के उदघाटन लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार कइली. एह आयोजन में पहिला बार सिनेमा पर अइसन अद्भुत विशेष सत्र आयोजित कइल गइल रहे जवना में लाखो के भीड़ में फिल्म समीक्षक मनोज भावुक द्वारा निर्मित भोजपुरी सिनेमा के 50 साल के सफ़र पर एगो डोक्युमेंट्री भी देखावाल गइल जवना के फिल्मकार आ दर्शक लोग खूब पसंद कइलें . कार्यक्रम के सफल संचालन मनोज भावुक आ श्वेता तिवारी कइली .

स्रोत ईमेल से

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts