’मेरे साजन तेरे कारण’ के शूटिंग पूरा भइल
-

apurvaआनंद मीडिया इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ’मेरे साजन तेरे कारण’ के शूटिंग उत्तर प्रदेश के गोंडा आ फैजाबाद में भइल बा. प्रेम त्याग आ समपर्ण पर बनल एह फिलिम के निर्देशन राजीव राय कइले बाड़न.

अब पोस्ट प्रोडक्शन काम मुंबई के आदर्श नगर स्थित शकुंतलम स्टूडियो में हो रहल बा. फिलिम में कुल आठ गो गाना बा आ सगरी बढ़िया बाड़ी सँ.

संगीत के.रत्नेश के, छायांकन पवन गुप्ता के, फाईट सिंह इज किंग के, नृत्य निर्देशन केदार सुब्बा के, आ एडिटिंग विनोद के बा. मुख्य कलाकारन में अपूर्वा, रवि राज, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, गोपाल राय, पूनम सिंह, अनूप अरोड़ा, अनामिका पाण्डेय, देव सिंह, अनुराग, महेश, लाखन अउर अनूप शामिल बाड़े.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts