म्यांमार के चुनाव में आंग सू ची के बहुमत
-

SuuKyi
म्यांमार के संघीय चुनाव आयोग आंग सू ची के दल नेशनल लीग फॉर डेमोक्रेसी (एनएलडी) के निचला सदन में 348 सीट पर जीत होखे के एलान क दिहले बा. एकरा साथही एनएलडी के म्यांमार का संसद में स्पष्ट बहुमत मिल गइल बा. ओहिजा के संसद में 664 सीट होला.
जान जाईं जे आंग सू ची के 15 बरीस से अधिका ले नजरबंदी में राखे वाला ओहिजा के सैनिक जुंटा के अब कहना बा कि ऊ एनएलडी के साथ मिल के काम करे ला तइयार बा.
सु ची के शानदार जीत के बधाई देत पीएम मोदी उनुका के भारत आवे के नेवतो दे दिहलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts