विभोस का मंच से गंगा प्रसाद अरुण के गजल संग्रह “गजल गवाह बनी” के लोकार्पण
-

पूर्वांचल एकता मंच,नई दिल्ली के आयोजन में भइळ 10वां विश्व भोजपुरी सम्मेलन (विभोस) में चर्चित कवि आ साहित्यकार गंगा प्रसाद अरुण के हस्तलिखित (हाथ से लिखल फांट में) भोजपुरी गजल संग्रह “गजल गवाह बनी” के लोकार्पण मुख्यअतिथि आ लोकसभा अध्यक्ष रहल मीरा कुमार के हाथ से भइल.
सम्मेलन दादादेव मेला ग्राउंड, सेक्टर-8, द्वारका, नई दिल्ली में 7 से 8 अप्रैल ले आयोजित भइल रहे. एह अवसर पर मंच पर लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार का साथे मॉरीशस स्पीकिंग यूनियन के सरिता बुधु , सांसद रहल महाबल मिश्र, पूर्वांचल एकता मंच के अध्यक्ष शिवजी सिंह, भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल, चर्चित साहित्यकार जयकान्त सिंह ‘जय’ का एलावे पूर्वांचल एकता मंच के कई पदाधिकारी लोग मौजूद रहल.


(राजेश भोजपुरिया)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts