सांवरिया तोसे लागी कैसी लगन में शुभी शर्मा
-

भोजपुरी परदा के चर्चित अभिनेत्री शुभी शर्मा अब ‘सांवरिया तोसे लागी कैसी लगन’ में आपन जलवा छीटत नजर आवे वाली बाड़ी. शुभम इंटरटेनमेंट के बैनर में बनत एह फिल्म में शुभी के जोड़ी अभिनेता पंकज केसरी संगे बावे. फिलिम पूरा तरह रोमांस आ कॉमेडी से भरल बा.

निर्माता विश्वनाथ पाटिल आ निर्देशक चंदन वर्मा के एह फिल्म लेके शुभी खूबे उत्साहित बाड़ी. शुभी शर्मा अपना जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘हीरो’ खातिर पहिलहीं से चर्चा में बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts