साउण्ड स्टेशन के 'घायल शेर' के मिलल 'A' सर्टीफिकेट
-

साउण्ड स्टेशन प्रस्तुति आ राम यादव के बनावल भोजपुरी फिल्म ‘घायल शेर’ के सेंसर बोर्ड ‘A’ सर्टीफिकेट दिहले बावे काहें कि एह फिल्म में मार-काट आ खून-खराबा बहुते अधिका देखावल गइल बा. अलग बाति बा कि सेंसर बोर्ड बिना आपन कैंची चलवले एकरा के ए सर्टीफिकेट दिहले बावे.

निर्मात्री दीपा यादव के एह फिल्म में एगो ठेंठ भोजपुरिया गाँव देखे के मिली, फिल्म के संगीतकार आ निर्देशक राम यादव हउवे. फिलिम के शूटिंगो गाँवे के खूबसूरत जगहन पर भइल बा. खेत-खलिहान, नदी किनार, सरसों क फूलन का बीच आ बीच नदी में नावो पर गीत फिल्मावल गइल बाड़ी सँ.

फिल्म ‘घायल शेर’ में गायक से नायक बनल गुड्डू रंगीला पहिला बेर एक्शन करत लउकीहें ना त अबहीं ले ओ नाचते गावत लउकल बाड़ें फिलिमन में. साथी कलाकारन में अंजना, मोतीलाल यादव, शिव कुमार गुप्ता, जलधारी यादव, हरीश यादव, संजय शर्मा, हरिद्वार शर्मा, मोहन शर्मा, संजय दूबे, अकबर अली शाह, अशोक विश्वकर्मा, मनमाना गुरु विजय बहादुर सिंह, पूनम सिंह, अजीत यादव, कमलेश यादव, राहुल सूरजमणि, अकरम जौनपुरी, चंदू यादव, तालुक यादव, शोभनाथ पाल, चंदा, मो.सऊद आज़मी, रेनू, सेजल, सपना, सारिका, सुजाता, अहमद अउर लक्ष्मी के नाम बा.

संपादन आ निर्माण दीपा यादव, संगीत कैमरा आ निर्देशन राम यादव, सह निर्माता शिवकुमार गुप्ता आ संजय दूबे, गीतकार जे.डी. बहादुर आ हरिद्वार शर्मा, कथा आ संवाद लेखक हरिद्वार शर्मा, रूप सज्जा अशोक विश्वकर्मा, नृत्य शिवा यादव, मार धाड़ राम यादव, कला अकबर अली शाह आ निर्माण प्रबंधन संजय दूबे के बा.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts