हिट्स आफ द इयर आदि शक्ति आ कुमारी माई मूवीज के
-

dd2सिनेमा के नया दिशा देबे वाला टीम दुर्गा प्रसाद मजूमदार के आदिशक्ति इंटरटेनमेंट्स अउर जानल मानल निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद के कुमारी माई मूवीज एहू साल हिट्स ऑफ द इयर रहल.
एह जोड़ी के फिलिम ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ एह साल के सबले बड़हन हिट फिलिम मानल जात बिया. दुर्गा प्रसाद मजूमदार आ रमाकांत प्रसाद के टीम अब ले 12 गो सुपर डुपर हिट भोजपुरी फिलिम दर्शकन के दिहले बावे. एह टीम के पहिला फिलिम रहुवे ‘लागल रहा ए राजा जी’ जवना के सफलता सिनेमा जगत के दिग्गजन के चउँका दिहले रहुवे.

फेर आइल ‘जान तेरे नाम’, ‘दिवाना’, ‘दाग’, ‘दिलजले’, ‘लड़ाईले अंखियां ओ लवंडे राजा’, ‘बारूद’, ‘जानवर’, ‘हिम्मतवाला’ आ अब ‘तू ही तो मेरी जान है राधा’ एह सफलता के कड़ी बनवले रखले बाड़ी सँ.

आदिशक्ति इंटरटेनमेंट्स आ कुमारी माई मूवीज के आवेवाली ‘जिद्दी आशिक’ फिलिमो जल्दिए फ्लोर पर जाएवाली बा. मानल जात बा कि इहो फिलिम टीम के सफलता के परचम अउरी ऊंचाई पर ले जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts