होली के ओह गलती खातिर माफी मँगीहन मनोज तिवारी
-

सिनेमा भोजपुरी के मेगा स्टार मनोज तिवारी के मन में आजुओ होली लेके रंग गुलाल खूबे उड़ेला. मनोज तिवारी बिहार के भभुआ में अपना गांव अतरवलिया में समहुत जरे का दिने आ फगुआ का दिने खूब शरारत करत रहलन. बतावेले कि समहुत में लोग के टूटल खटिया, चउकी, कुरसी ले उठा के जरत होलिका में फेंक दहल करसु. अब ढेर दिन पहिले कइल एह ज्यादतियन खातिर उनुका मन में पछतावा होखत बा आ ऊ अपना ओहज गलतियन खातिर अबकी का होली में गाँवे जा के ओह लोग से माफी मँगीहे.

मनोज तिवारी कहलन कि हालांकि एह काम खातिर बाकायदा एगो टीम रहत रहुवे आ सभे आपन आपन काम करत रहुवे. बाकिर टीम के सरदार उहे रहत रहलन. चूंकि समहुत में फेंकल सामान निकालल ना जाव से एही बात के फायदा उठावत रहे उनुकर टीम आ लोग के गोइंठा, पुअरा, छान्ह, खतिया जवने पर हाथ लाग जाव उठा लेत रहे. लोग गरिया के रहि जाव. बाद में मनोज खुद ओह लोग का लगे जासु आ कहसु कि का कइल जाव लइका सब बदतमीज हो गइल बाड़े. छोड़ीं अब खिसियइला के का फायदा? लोग मनोज के बात मान जात रहुवे काहे कि लोग उनुका के “शरीफ” समुझत रहुवे. अब ओहीके माफी मँगीहन मनोज तिवारी.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts