बारूद के पाँच गो खलनायकन पर भारी विराज के नया लुक

हिन्दी फिलिमन में एक जमाना में खलनायकन के बोलबाला रहत रहे. हर फिलिम में ओकनी के पूरा टोली रहत रहे. अब भोजपुरी में उहे होखे जा रहल बा. निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के फिलिम “बारूद” में पाँच गो खलनायकन के टोली बा. ई खलनायक बनल बाड़े दीपक भाटिया, देव सिंह, अयाज खान, बिपिन सिंह, आ नीरज राज पौडेल.
बाकिर ओहू ले जबरदस्त बा एह फिल्म में विराज भट्ट के दिहल नया लुक. बड़हन बड़हन केश बढ़वले विराज मूंछ का साथे रफ आ टफ लुक में आइल बाड़े आ पाँचो खलनायकन के दादागिरी खतम करत लउकीहें.
बाकी कलाकारन में हॉट गर्ल मोनालिसा, प्रिया, मनीष चतुर्वेदी, वंदनी मिश्रा आ गोलू के नाम बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।