यूपी के दू गो मंत्री इस्तीफा दिहले

स्वास्थ्य आ परिवार कल्याण विभागन में बड़हन पैमाना पर होखे वाला गड़बड़ी के बात सामने आ गइला पर यूपी के दू गो मंत्री, बाबू सिंह कुशवाहा आ अनन्त मिश्रा, बियफे के साँझ खानि इस्तीफा दे दिहलें आ ओह लोग के इस्तीफा मंजूरो कर लिहल गइल बा. पिछला दिने लखनऊ के सीएमओ परिवार कल्याण डा॰ वी॰ पी॰ सिंह के हत्या कर दिहल गइल रहे. छह महीना पहिले ओही पद पर रहल सीएमओ के हत्या का बाद पद पाँच महीना ले खाली रहल. दुनु विभागन में पसरल गड़बड़ी से आम जनता त हमेशा से वाकिफ रहल बा बाकिर अब जाँच में बाति खुल गइला का बाद ई दुनु जिम्मेदार मंत्री इस्तीफा दे दिहलें. बतावल जात बा कि गाजीपुर के एगो बाहुबली के गुर्गा अतना माहिर बा कि ओकरा सहारे गाजीपुर के नाहियो त दर्जन भर डीपीओ प्रदेश में नियुक्त बाड़े. कवनो एगो जिला से अतना डीपीओ के नियुक्तिए बतावत बा कि कहीं ना कहीं कुछ गड़बड़ी जरुर बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।