अन्ना हजारे के रामलीला मैदान में अनशन करे के अनुमति

आजु दुपहर दू बजे का आसपास अन्ना हजारे तिहाड़ जेल से निकलिहे आ राजघाट गइला का बाद रामलीला मैदान चहुँपिहे जहाँ उनुकर अनशन आगे जारी रही. पुलिस अबही पन्द्रह दिन के अनशन के अनुमति दिहले बिया बाकिर एकरा के अउरी बढ़ावल जा सकेला.

एह बीच रामलीला मैदान में सुरक्षा के इन्तजाम कइल जा रहल बा. मेट्रोपोलिटन काउन्सिल के कर्मचारी रामलीला मैदान के जेसीबी मशीन से सफाई करे में लागल बाड़े आ कहल जात बा कि दुपहरिया ले मैदान ठीक कर दिहल जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।