अंजन टी०वी० पर लागी आजु सितारन के मेला

CCCLभोजपुरी के सम्पुर्ण मनोरंजक चैनल अंजन टी०वी० पर आजु 8 फरवरी के सितारन के मेला लागे वाला बा. अंजन टी०वी० के खास परोसा ‘‘सीसीएल ग्लैम नाईट’’ में देखनिहारन ला सितारन के शानदार प्रस्तुति देखे के मिली. एह में सलमान खान, कैटरिना कैफ, बिपाशा बसु, मनोज तिवारी, रविकिशन, श्वेता तिवारी जइसन जानल मानल सितारा आपन शानदार प्रस्तुति दीहें.

सी.सी.एल. ग्लैम नाईट में हास्य कलाकार भारती आ कपिल शर्मा देखेवालन के लोट पोट करा दीहें. शो के संचालन रितेश देशमुख आ आयुष्मान खुराना करीहें. एह मौका पर कैटरिना कैफ “सी.सी.एल.-3” कप पर से परदो हटइहें.

शो के प्रसारण 8 फरवरी के रात 8 ‍30 बजे से कइल जाई. साथही अंजन टी०वी० पर सगरी सी.सी.एल. मैच प्रसारित होखी. 9 फरवरी के होखे वाला भोजपुरी दबंग टीम आ चैन्नई राईनो टीम के मैच के सीधा प्रसारण दुपहरिया तीन बजे से कइल जाई.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *