अंतिम तांडव जादू कर दिहलसि

antim-tandav-posterसिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट क जादू बिहार आ मुंबई में बखूबी चलत बा. एहिजा उनकर फिलिम ‘अंतिम तांडव’ सफलता के इतिहास बनवले बा. एह फिलिम में जब जब विराज के इंट्री परदा पर होत बा पूरा हॉल ताली से गड़गड़ा जात बा.

अकुल शर्मा के प्रस्तुति आ नंद किशोर फिल्म्स एवं इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल ई फिलिम मार धाड़ से भरपूर बावे. एहमें खलनायक सोनू झा के अभिनय बहुते बढ़िया बा. विराज भट्ट आ सोनू झा के लड़ाई बहते दिलचस्प बा. एह फिलिम के शूटिंग बिहार आ मुंबई में भइल रहे.

एह फिलिम में अनारा गुप्ता के डांसो खूब पसंद आइल बा देखे वालन के.

फिलिम के निर्देशन दिलीप शर्मा के, संगीत छोटे बाबा के, गीत फणीन्दर राव, राजेश मिश्रा, अशोक सिंन्हा, आ जियलाल यादव के, कहानी राकेश त्रिपाठी के, छायांकन देवेन्द्र तिवारी के, मारधाड़ हीरा यादव के, संकलन पवन श्रीवास्तव आ विशाल रघुवंशी के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी, संतोश सर्वदर्शी आ संजय कोरबे के, आ सह निर्देशन धनंजय तिवारी के बा.

मूख्य कलाकार विराज भट्ट, सोनू झा, शुभम तिवारी, अनारा गुप्ता, स्मृति सिन्हा, विनोद मिश्रा, ललितेश झा, हीरा यादव, देव सिंह, रोहीत सिंह, मटरु, देव कुमार, संजीब स्वराज, राजीव झा, बड़ी ठाकुर, प्रिती सिंह, सुनील वर्मा, सुभाष यादव, गोरख सिंह, हाजेया शिवराज कमरूदीन, धीरज मिश्रा, रविन्द्र नाथ गुप्ता, ओम कुमार, बाम शंकर सेन, संदीप सावले, सुरेन्द्र मिश्रा, संगीत दुबे, सीमा सिंह अउर प्रिया शर्मा बाड़ी.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा आ संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *