अक्षरा सिंह अब खेसारिओलाल का संगे

अक्षरा सिंह

हैदर काजमी के फिल्म ‘कालिया’ के रिलीज का पहिलही से अक्षरा सिंह भोजपुरी फिल्म जगत में गरमागरम लिट्टी बन गइल बाड़ी जेही कालिया के प्रोमो देखत बा उहे तारीफ करे में लाग जात बा अक्षरा सिंह के. ‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन क नायिका बनके अपना कैरियर के शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आज हर बड़का स्टार संगे फिलिम करत बाड़ी. दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ साथे ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ के शूटिंग अक्षरा सिंह हाल ही में ख़तम कइली. पवन सिंह साथे ‘बजरंग’ सफलता के डंका बजावत बावे. अब अक्षरा सिंह खेसारी लाल यादव संगे एगो फिल्म बतौर मुख्य नायिका खातिर साइन कइले बाड़ी. एकर निर्माण सम्राट क्रियेशन क बैनर में निर्माता अनंजय रघुराज आ अनिल सम्राट करत बाड़ें जबकि निर्देशक हउवें सुशील उपाध्याय.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।