अक्षर सम्मान समारोह

भोजपुरी दिशा बोध के पत्रिका “पाती” का तरफ से एह अतवार, १७ मार्च २०१३ के दिन में एगारह बजे से बलिया के कुँवर सिंह इन्टरमीडिएट कॉलेज के स्टॉफ हॉल में एगो सारस्वत साहित्यिक आयोजन होखे जात बा. एह आयोजन में भोजपुरी के कविगण आनन्द संधिदूत आ शंभुनाथ उपाध्याय के आ कहानीकार राजगुप्त आ विष्णुदेव तिवारी के “अक्षर सम्मान” से सम्मानित कइल जाई.

पूर्व प्राचार्य डा॰ श्रीराम सिंह एह आयोजन के अध्यक्षता करब.

एह कार्यक्रम में रमेशचन्द्र के कहानी संग्रह “चिमनी के धुँआ” के विमोचनो कइल जाई आ दुसरका सत्र में होखे वाला कवि गोष्ठी में मिर्जापुर से आइल आनन्द संधिदूत, वाराणसी से आइल डा॰ प्रकाश उदय, मऊ से आइल दयाशंकर तिवारी आ डा॰ कमलेश राय, गाजीपुर से आइल मिथिलेश गहमरी आ अक्षय कुमार पाण्डेय, आ पटना से आइल भगवती प्रसाद द्विवेदी समेत अनेके कवि आपन कविता पाठ करीहें.

सगरी भोजपुरी प्रेमियन के एह आयोजन में नेवतत डा॰ अशोक द्विवेदी, संपादक पाती, जानकारी भेजले बानी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *