अखिलेश यादव आपन पहिला बजट पेश कइलन
-

आजु यूपी विधानसभा में हंगामा का बीच मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आपन पहिला बजट पेश कइलन. एह में सपा के चुनावी वादा पूरा करे खातिर सगरी योजना ला धन दिहल गइल बा. विद्यार्थियन के लैपटॉप भा टैबलेट देबे खातिर, बेरोजगारी भत्ता खातिर, आ मुसलमानन से कइल सगरी वादा पूरा करे खातिर सरकार धन के कोताही नइखे कइले. एह बजट में इकइस हजार पाँच सौ सत्तर करोड़ घाटा होखे के अनुमान लगावल गइल बा. लखनऊ में पाँच सौ एकड़ में जनेश्चर मिश्रा का नाम पर पार्क बनावे के एलानो भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts