अखिलेश यादव आपन पहिला बजट पेश कइलन

आजु यूपी विधानसभा में हंगामा का बीच मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आपन पहिला बजट पेश कइलन. एह में सपा के चुनावी वादा पूरा करे खातिर सगरी योजना ला धन दिहल गइल बा. विद्यार्थियन के लैपटॉप भा टैबलेट देबे खातिर, बेरोजगारी भत्ता खातिर, आ मुसलमानन से कइल सगरी वादा पूरा करे खातिर सरकार धन के कोताही नइखे कइले. एह बजट में इकइस हजार पाँच सौ सत्तर करोड़ घाटा होखे के अनुमान लगावल गइल बा. लखनऊ में पाँच सौ एकड़ में जनेश्चर मिश्रा का नाम पर पार्क बनावे के एलानो भइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।