जब संजय पांडे पचास गो पान चबा गइलें

अपना फिलिमन के सफलता खातिर तरह तरह के तरीका इस्तेमाल करे वाला खलनायक संजय पांडे “एक बिहारी सौ पर भारी” में भजिया आ चिनिया बादाम फाँकत नजर आवत बाड़ें त “सपूत” में हमेशा पाने चबावत लउकीहें. एह फिलिम के डबिंग में आवाज में वास्तविकता ले आवे खातिर निर्माता संजय पांडे ला ढेरे पान मँगा रखले रहलें आ संजय पांडे डबिंग में पचास गो पान चबा डललें.
(8 Sept 12)
अगिला पाँच महीना में संजय पांडे के एगारह गो फिलिम रिलीज होखी
सिनेमा भोजपुरी के मशहूर खलनायक संजय पांडे के एह साल के बाकी पाँच महीना में एगारह गो फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. आवेवाला समय में लगभग हर हफ्ता संजय पांडे के कवनो ना कव‍नो फिलिम रिलीज होखल करी. एहमें दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ संगे तीन गो फिलिम ‘रखवाला’, ‘रिक्शावाला आई लव यू’ अउर ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, पवन सिंह संगे ‘रंग दे प्यार के रंग में’, खेसारीलाल यादव संगे ‘सपूत’ आ ‘लहू के दो रंग’, रानी चटर्जी संगे ‘रानी चलल ससुराल’, रिंकू घोष संगे ‘कोठा’, विजय वर्मा संगे ‘धड़केला तोहरे नावे करेजवा’, विराज भट्ट संगे ‘कर्जा माटी के’ आ मनोज तिवारी संगे ‘यादव पान भंडार’ शामिल बाड़ी सँ. एहमें से हर फिलिम में संजय पांडे के भूमिका लोग के चउँकइबो करी आ डेरावलो करी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट) (20 Aug 12)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।