अगिला साल ले हाउसफुल बा पवन सिंह के डायरी


भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अभिनेता पवन सिंह के सफलता के आलम ई बा कि उनुका डायरी में साल २०१२ तक कवनो तारीख खाली नइखे. पिछला साल ऊ “देवरा बड़ा सतावेला”, “सईंया का साथ मड़ईया में”, “भईया के साली ओढ़निया वाली” जइसन बेहद सफल फिल्म दिहले रहले आ एह साल उनुकर “गुण्डईराज”, “जंग”, आ “कर्तव्य” बाक्स आफिस पर हिट हो चुकल बा. हर निर्माता के पसन्द बन चुकल पवन सिंह का डायरी में अगिला साल ले कवनो डेट नइखे. अबही ऊ अभय सिन्हा के “इंसाफ” का शूटिंग में व्यस्त बाड़े. फेर शुरु होखी “डोली चढ़ के दुल्हन ससुराल चली” . पवन सिंह अभिनीत फिल्म “लड़ाई ल अँखिया ए लौण्डे राजा” जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

1 Comment

  1. prashant kumar

    AE BHAI HM EK HI BAAT JAANILE KI E JE HMAAR BHAIYA BADE NA E AGLE SAAL NAHI AVI AAWE WALA 10 SE 15 SAAL TK BOOK RHEHE KA BHUJHAEL …………. KAHE KI INKR NAIKHE KAUNO JOD E BEJOD BAADE GEET K BARE ME KCH KEHLE BEKAR BA OR FILM ME AA K SB BHOJPURIEAN K HWA TIGHT KAILE BADE JIY E HMAAR SHER BHAIYA KWAAR D HO MARDE TOHR KAUNWO JOD BAATE MRDE EK PIECE T BADLE BAADA HO JIYA E RAJA SHER HMNI SVE LOG SAATHE BAANI BS BNAWLE RHE TOHRA K UPAR WALA …………