अगिला साल से इन्कम टैक्स रिटर्न ना भरे के पड़ी

वइसन लोग जिनकर आमदनी वेतन से होला आ दोसर कवनो आय के स्रोत ओह लोग का लगे नइखे त ऊ लोग हर साल इन्कम टैक्स रिटर्न भरे के जहमत से बाँच जाई बशर्ते ओह लोग के आमदनी पाँच लाख रुपिया सालाना से बेसी ना होखे. सरकार के अनुमान बा कि एहसे अस्सी लाख लोग रिटर्न भरे से मुक्ति पा जाई. साथही छोटका व्यापारियनो खातिर रिटर्न दाखिल कइल आसान बना दिहल गइल बा. आयकर विभाग के एह साल अनुमानो से ४००० करोड़ रुपिया बेसी आयकर मिलल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।