मूस मारे वाला जहर बाँटेवाला के विप्रो प्रेमजी से कवनो नाता नइखे
- टीम अंजोरिया

मूस मारे वाला जहर बाँटेवाला के विप्रो प्रेमजी से कवनो नाता नइखे

चन्द सवाल

आजु के मथैला में पहिलहीं साफ कर दीहल जरुरी लागल कि बता दीहल जाव कि एह फैयाज़ निसार हुसेन प्रेमजी (Fayyaz Nisar Hussain Premji) के कवनो तरह के संबंध विप्रो वाला प्रेमजी से नइखे। अलग बात बा कि हो सकेला कि एही गलतफहमी में काल्हु सोमार का दिने जब शेयर बाजार खुले तब विप्रो के शेयर के ठुकाई हो जाव।

एकरा साथही एगो सवाल हमरा मन में इहो उठल कि का कवनो अइसन कानून बा जवना चलते कवनो मुसलमान आरोपी के नाम ना छापल जा सके? ई सवाल एहसे खास हो जात बा कि शायदे कवनो अखबार होखी जवन आरोपी के नाम छपले होखो। गनीमत अतने बा कि ई ना लिखले सँ कि “मुहर्रम का जुलूस में प्रेम जी जहरीला कैप्सूल बँटलसि”।

इहो बतावे में कवनो उरेज नइखे हमरा कि हम आयेदिन अपना पोस्ट ला सर्च इंजिनन के सहारा लिहिलें आ ओही लोगन से फोटोवो बनवा लीलें। कई बार उहो नकार देबेलें कि एह तरह के इमेज ना बनावल जा सके तब ऊ जवने इमेज बना के दे देलें तवने के इस्तेमाल कर लिहिलें।

मुहर्रम जुलूस में शामिल लोगन के मारे के साजिश

अब आई चलल जाव खबर के चरचा पर। खबर वायरल बा कि मुंबई के भायखला इलाका में मुहर्रम के जुलूस (अशूरा) में शामिल लोगन का बीच ई फैयाज निसार हुसेन प्रेमजी एगो कैप्सूल बँटलसि ई बता के ई थकान आ दरद कम करी। मुहर्रम के जुलूस में शोक मनावत लोग के एहमें कुछ अजीबो ना लागल आ कुछ लोग ओह कैप्सूल के खाईयो लिहलसि। कैप्सूल खइला का बाद जब तबियत खराब होखे लागल आ नियरा के अस्पताल में एकही तरह के मरीजन के आमद बढ़े लागल त पुलिस तुरते एलान करावल शुरु कर दिहलसि कि केहू अइसन कवनो कैप्सूल मत खाव काहे कि ओहमें जहर डालल गइल बा। आ देश के सौभाग्य से एगो बड़हन घटना होखे से बाच गइल।

पुलिस प्रेमजी का लगे से करीब पन्द्रह हजार कैप्सूल बरामद कइले बिया, बँटा चुकल कैप्सूलन का अलावा। करीब तीस हजार लोगन के मारे के प्लान रहुवे आ ई सगरी लोग मुसलमान होखीत त सोचीं कि ओकरा बाद देश में कइसन माहौल बन जाईत भा बना दीहल जाईत। दुनिया भर में जवन हाय तौबा मचीत तवना के कल्पनो से देह सिहर जाता।

फैयाज प्रेमजी बिजनेस ग्रेजुएट हवे

बतावल जात बा कि पुणे के विमान नगर में रहे वाला ई फैयाज प्रेमजी 39 बरीस के हवे आ बिजनेस ग्रेजुएट हवे। आरोपी का खिलाफ भारतीय न्याय संहिता (BNS) के धारा 109 (हत्या के प्रयास) आ 123 (जहर देके नुकसान पहुँचावे) के तहत मामला दर्ज भइल बा। पुलसिया जाँच आ पूछताछ जारी बा। हो सकेला कि एह वारदात के प्लान का पीछे कवनो बड़हन साजिश करे वाला गैंग होखो बिया। आरोपी से पूछताछ कइल जा रहल बा कि ओकर असली मकसद का रहे और का ओकरा पीछे कौनों बड़ नेटवर्क काम करत बा।

ईरान-इराक से जुड़त सूतरी

फैयाज प्रेमजी खुद शिया खोजा मुस्लिम समाज से आवेला आ अपनहीं लोगन के जान मारे के कोशिश कइलसि। सुने में आवत बा कि बरीस 2019 से 2025 का बीच ई नाहियो त 19 बार ईरान अइर इराक जा चुकल बा। एकर महतारी आ बहिन ईराने में बाड़ी सँ।

इमेज बनवावे का दौरान चैट जीपीटी से पहिला बेर में ई इमेज मिलल –

 

0 Comments

Recent Posts