अन्ना का छोटा भाई हूं, भारत का गीत सुनाता हूं

“है प्रीत जहां की रीत सदा, मैं गीत वहां के गाता हूं, अन्ना का छोटा भाई हूं, भारत के गीत सुनाता हूं.” देश भक्ति से भरल एह गीत के जब अन्ना से जोड़के भोजपुरी गायक आ अभिनेता मनोज तिवारी रामलीला मैदान में अन्ना के मंच से गवले त ओहिजा मौजूद तमाम अन्ना समर्थक जोश से भर गइले आ तिरंगा लहरावते झूमे लगले.

पिछला शनिचर के मनोज तिवारी मंच पर चढ़ते जा के अन्ना के प्रणाम कइलन आ फेर अन्ना के भ्रष्टाचार विरोधी अभियान के समर्थन करत कहले कि हुक्मरानन के अब समुझ लेबे के चाहीं कि देश के लाखों लोग अइसहीं अन्ना का साथे नइखे जुड़ गइल. कहलन कि चाहे कतनो दिन लाग जाव एहिजा से बिना जन लोकपाल बिल के नइखे जाये के. मनोज तिवारी कहले कि अगर केंद्र सरकार युवा शक्ति के पहचाने में भूल करत बिया त ई ओकर नादानी होई.

ओकरा बाद भोजपुरी में बोलके त ऊ पूर्वांचल आ बिहार के लोग के दिले जीत लिहले. मनोज तिवारी एह मौका पर कई गो गीत गवले, यह देश है वीर जवानों का अलबेलों का मस्तानों का.., रघुपति राघव राजाराम, पतित पावन सीताराम.., हम होंगे कामयाब, हम होंगे कामयाब, एक दिन.. वगैरह.


(स्रोत शशिकान्त सिंह)

2 Comments

  1. ramesh tiwari

    pakhandi manojwa

    Reply
    • Rakesh raka

      Manoj tiwari ko agar tum like nahi karate ho to use gali mat diya karo.stupid & dairty person

      Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *