अपना पटना सभा से उत्साहित बिया भाजपा

पटना गाँधी मैदान में भाजपा के कार्यकर्ता सभा के सफलता से उत्साहित भाजपा अब दोसरो राज्यन में अइसने सभा करे के योजना बना रहल बिया जवना से अपना कार्यकर्ता के उत्साहित करा सको. पत्रकारन से बतियावत डा॰सी॰पी॰ठाकुर कहले कि राज्य में भाजपा के आपन स्वतंत्र अस्तित्व बा आ एकरा के जदयू के बी टीम ना कहल जा सके. कहलन कि राज्य में जदयू का लगे बेसी सीट आवेला त ऊ नेतृत्व में बा केन्द्र में भाजपा के सीट बेसी रहेला त भाजपा राजग के नेतृत्व करेले. एहमें दोसर अउरी कवनो कारण नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *