अब विश्वविद्यालयन में पढ़ावल जाई भोजपुरी संगीत
-

manoj-mridulकाशी के चर्चित विश्वविद्यालय महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ में बी म्यूज पाठ्यक्रम के संगीत के स्नातक कोर्स में भोजपुरी लोक संगीतो के शामिल कइल गइल बा. एह खुश करे वाला बदलाव पर भोजपुरी मेगा स्टार आ चर्चित गायक मनोज तिवारी एह एतिहासिक निर्णय के स्वागत कइले बाड़न.

बी म्यूज करे वाला हर विद्यार्थी के भोजपुरी लोक संगीत के एगो पेपर देबे होखी. अबही ले भोजपुरी संगीत में औपचारिक शिक्षा ले के केहू ना निकलत रहे से मनोज तिवारी के खुशी बा कि अब एह कमी के पूरा कर लिहल जाई. मनोज तिवारी बतवले कि जब काशी विद्यापीठ के कुलपति डा. पृथ्वीस नाग एह नया पाठ्यक्रम के कोर्स में शामिल करे के एलान कइलन त मनोज के मन के मुराद पूरा हो गइल. एह फैसला में भाजपा विधायक रविन्द्र जायसवाल बहुते मदद कइलन मनोज तिवारी के मनसा पुरावेमें. रविन्द्र जायसवाल मनोज तिवारी के कुलपति से भैंट करववले आ एह फैसला के नींव पड़ल.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts