अवनि अग्रवाल ले आवत बाड़े ’दबंग मोरा बालमा‘

dabang-mor-balmaअमृता क्रिएशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम “दबंग मोर बालमा” लेके आवत बाड़न निर्देशक अवनि अग्रवाल आ निर्माता जयेश पटेल. पूरा शूटिंग यूपी आ गुजरात में भइल बा. मारधाड़ आ एक्शन भरल एह फिलिम के गीतो संगीत मजगर बा. एह फिलिम में मोनालिसा के गरमागरम सीन दर्शकन के बहुते लुभाई.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, अजय दीक्षित, नीलिमा सिंह, वैभव राय, शशिभूषण सिंह, सीमा सिंह, गौरी, अखिलेश शुक्ल, दीपू आ सुरेन्द्र पाल के नाम बा.

गीत पवन मिश्रा के, संगीत गणेश पांडे के, छायांकन करीम खत्री के, फाईट शकील शेख के, नृत्य निर्देशन अशोक मयंक के, आ एडिटिंग मणि के बा.
फिलिम अगिला साल फरवरी में रिलीज होखे के उमेद बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।