आईपीएल से सुंदर रमन के इस्तीफा मंजूर

इंडियन प्रीमियर लीग के स्पॉट फिक्सिंग मामला में नाम आईल सीओओ सुंदर रमन अपना पद से इस्तीफा दे दिहलन आ बीसीसीआई ओकरा के मंजूरो कर लिहलसि. याद करीं कि स्पॉट फिक्सिंग के जांच करत लोढ़ा कमेटी सुंदर रमन के भूमिका पर सवाल उठवले रहुवे.
सुंदर रमन पर आरोप रहुवे कि ऊ चेन्नई सुपर किंग्स के मालिक श्रीनिवासन के दामाद गुरुनाथ मयप्पन के बचाव करत कहले रहन कि मय्पपन चेन्नई सुपर किंग्स से आधिकारिक रूप से नइखन जुड़ल. बाकिर रमन के दलील लोढ़ा कमिटी मनलस ना.

0 Comments