आगि में जरल औरत के मौत

बलिया के गड़वार इलाका के त्रिकालपुर के एगो औरत आशा देवी के कवनो बात पर अपना मरद दिलीप सिंह से बुध के रात झगड़ा हो गइल. झगड़ा का बाद दिलीप छत से नीचे उतर के सूत गइल आ एही बीच आशा अपना देहि पर किरासन तेल डाल के आगि लगा लिहली. आगि में जरे लगली त उनुकर चिचियाइल सुन दिलीप छत पर दउड़ल आ उनका के बचावे मं उहो बहुते जर गइल. दुनु जने के बलिया जिला अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ आशा देवी के मौत हो गइल आ दिलीपो के हालत गम्हीराह बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *