आजु के सुरसंग्राम पवन सिंह का साथ प्यार के रंग में रंगल रही

आजु के सुर‍-संग्राम-२ के साँझ भोजपुरिया नवहियन के दिल के धड़कन बनल सुपर स्टार पवन सिंह का साथ प्यार के अलग अलग रंग में रंगाइल रहे वाला बा. माहौल कुछ अइसन होखी कि हर तरफ प्यारे के बात चली चाहे ऊ गीत का माध्यम से होखो भा बतकही में.

शनिचर का दिने सुर‍-संग्राम-२ अतिथि जज रहीहें भोजपुरिया सुपर स्टार पवन सिंह जे शो के शुरुआत अपना लोकप्रिय रोमांटिक गीत “सनेहिया लगावल बहुत बाति नइखे, नजरिया चोरावल बहुत बात होला” से करीहें. एह गाना का बाद शो के एंकर मनोज तिवारी पवन सिंह के एगो बुढ़िया से भेंट करावे के बाति करीहें जे उनका इन्तजार में बिया. मनोज के बात सुन के भकुआइल पवन सिंह ओह बुढ़िया के जल्दिये बोलावे के कहीहें त सामने अइहें अपना बुढ़िया वाली आवाज खातिर जानल पहिचान गायक-अभिनेता आनन्द मोहन. कहीहन कि उनका बुढ़िया के सुर‍-संग्राम बहुते पसन्द बा.

एकरा बाद मनोज तिवारी बाकी जज लोग के स्वागत एह खास रोमांटिक एपिसोड में करीहें. मालिनी अवस्थी से जब ऊ प्यार के परिभाषा जानल चहीहें त मालिनी कहीहें, “रंग इश्क का, का जाने पीर ओर फकीर, ये तो राधा जाने या हीर. मेरे इश्क की यही तसरीर”. उत्तर प्रदेश टीम के प्रतिभागि मंगला सलोनी तब प्रस्तुत करीहें आपन गाना “दे दऽ पिरितिया उधार”. मंगला प्यार के एगो खूबसूरत अहसास बतावत कहीहें कि उनकर प्यार संगीते हऽ आ कवनो कार्यक्रम में जाये से पहिले तानपुरा हारमोनियम के गला लगा के जाली.

मनोज तिवारी बतइहें कि सुर‍-संग्राम-२ टीम के एगो प्रेमपत्र मिलल बा जवना के एगो प्रतिभागी के प्रेमिका भेजले बाड़ी. कल्पना प्यार का बारे में बतावत कहीहें कि पूरा ब्रह्माण्डे शिव के निस्वार्थ प्रेम पर टिकल बा आ कल्पना खातिर प्रेमे इश्वर ह.

आजु का एपिसोड में बिहार के प्रिया राज के “नजरिया तीर दिल पे चल गई” प्रस्तुत करीहें त यूपी के मनोहर सिंह “तोहरे सीना में हम साँस बन के, मन करेला उतर जाईं” के भावुक प्रस्तुति दीहें. राँची के खूशबू “छोड़ऽ छोड़ऽ कलाई सईंया भोर हो गइल” के मस्त प्रस्तुति दीहें त यूपी के शुभा “ए दरोगा बाबू आई लव यू” के धमाकेदार प्रस्तुति दिहला का बाद बतइहें कि ऊ मनोज तिवारी के प्यार करेली त मनोज उनुका के दिल के आकार वाल बैलून दीहें. बिहार के बक्सर निवासी विशाल, जे यूपी टीम में बाड़न, बतइहें कि यूपी टीम में रहला का चलते उनका अपना प्रेमिका से पंगा हो गइल बा. कहले कि ऊ बिहार के लड़की से प्यार करेलें त जवाब में बिहार टीम के लड़की सभ उनका के राखी बान्ह के अचकचा दीहें. बिहार टीम के ममता के परफारमेंस “दिलवर दिल जानी” पर बहुते बढ़िया रही आ उनका प्रस्तुति के पवन सिंह धमाकेदार बतइहें. पवन सिंह केकहना रही कि जे प्यार ना कइल ऊ इंसाने ना ह.

यूपी टीम के रघुवीर के प्रस्तुति पर पवन उनका के अँकवारी में बान्ह लीहें. कार्यक्रम के समापन बिहार के जाहिद अनवर का प्रस्तुति से होखी जवना पर रवि, पवन, मालिनी, कल्पना, मनोज सभे झूम उठी आ मंच पर यूपी के सुरवीर मस्ती भरल डांस करीहें.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments