आजु बिहार चुनाव के चउथा दौर के वोटिंग जारी

सात जिला के पचपन सीट में से 42 पर लड़त भाजपा आ 26 गो पर लड़त राजद एह दौर के मोदी बनाम लालू बना दिहले बावे. पूरा चुनाव भलही नीतीश बनाम मोदी के होखो. एह दौर में भाजपा नीत राजग के कोशिश बा कि निर्णायक बढ़त ले लेव जबकी अपना वजूद के लड़ाई लड़त लालू परिवार के आपन हैसियत बनवले राखे के कोशिश बा.
ई दौर एहूसे खास बन गइल बा कि एही दौर में पीएम मोदी महागठबंधन पर जोरदार हमला करत कहलन कि ई लोग पिछड़न के हक में से सैकड़े पाँच काट के एगो खास मजहब के दीहल चाहत बा आ एकरा बाद लालू नीतीश के बचाव के राह नइखे लउकत. अगर मना करे लोग त मुसलमान वोट बिदकी आ सकार लेव लोग त पिछड़ा वोट. उगलत आन्हर निगलत कोढ़ी के एह घनचक्कर में पड़ल महागठबन्हन के लोग अब चुनाव आयोग से शिकायत कइले बा कि भाजपा एह चुनाव में मजहबी गोलबन्दी करावे लें लागल बिया.
वोटिंग जोरदार हो रहल बा आ अबहीं ले कहीं से कवनो बवाल के खबर नइखे.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।