आपन अलगे पहचान बनावल चाहत बाड़ी रितिका

भोजपुरी सिनेमा के विकास का साथे एह इंडस्ट्री में नया नया प्रतिभा के आगमन हो रहल बा आ एही में शामिल बाड़ी रितिका शर्मा. मुंबई में रहे वाला मथुरा के एगो व्यापारी के बेटी रितिका जब सिनेमा का दुनिया में आवल चहली त पिता भरपूर विरोध कइलन बाकिर माई का समर्थन से रितिका आइये गइली. शुरुआत कइली राजकुमार पाण्डे के फिल्म “भईया के ससुरारी में” सेकेन्ड लीड हीरोइन बन के. फेर रमाशंकर के “आग” में मुख्य नायिका के रोल मिलल. एह फिल्म के शूटिंग पूरा हो चुकल बा आ अगिला महीना रिलीज होखे जा रहल बा. रितिका रमाँशंकर के एगो अउरी फिल्म “लज्जा” मे काम करे वाली बाड़ी. फिल्म के मुहुर्त पिछले दिने करावल गइल. बतावत बाड़ी कि “लज्जा” के कहानी उनके किरदार पर बा. बालीवुड हीरोइन काजोल से प्रभावित रितिका हर तरह के किरदार करल चहीहें. कहली कि असलम शेख आ जगदीश शर्मा के निर्देशन मे काम करल चहीहें. रितिका का बारे में राजकुमार पाण्डेय के कहना बा कि रितिका सभका के पानी पिआ दीहें.


(स्रोत – समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..