आम आदमी के चोट पर चोट पड़े वाला बा
-

आजु एके साथे अतना एलान आ खबर सुनाई दिहलसि आ सभकर असर आम आदमी के जेब पर पड़े वाला बा. सेवा कर में 15 नवम्बर से आधा फीसदी सेस लगा दीहल जाई स्वच्छ भारत अभियान खातिर पइसा बटोरे ला. एह बढ़ोतरी से हर सेवा महंग हो जाई. सरकार केन्द्रीय बजट में एकर इन्तजाम पहिलहीं कर दिहले रहुवे बाकिर एलान अब जा के भइल बा.

रेलवे 11 नवम्बर से टिकट वापसी पर कटे वाला शुल्क के दुगुना कर दिहले बिया आ टिकट वापसी के नयका नियम से यात्रियन के पाकिट कटाए के पूरा जोगाड़ बन गइल बा. कहे खातिर त रेलवे के कहना बा कि एहसे टिकट के दलालन के चालबाजी पर रोक लागी जे अइसहीं बहुते रिजर्वेशन करा के बइठ जालें आ ओह टिकटन के कालाबाजारी करेलें.

ट्रेन छूटला का बाद अब आरक्षित सवारियन के टिकट वापसे ना लीहि रेलवे. जेकरा वापस करावे के होखे से ट्रेन छूटे से आधा घंटा पहिले करा लेव तबे कुछ वापिस भेंटाए के उमेद रह सकेला. हर क्लास के टिकट वापसी शुल्क पहिले से दुगुना क दिहल गइल बा. 11 नवंंबर के अधरतिया से ई नियम लागू हो जाई. वेटिंग आ आरएसी टिकटो पर जोरदार कटौती करी रेलवे. मतलब कि जाए के पक्का होखे तबे टिकट कटाईं ना त पाकिट कटवावे ला तइयार रहीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts